भोजपुरी गीत:-
बड़ा यादि आवेला, गऊवाँ जवरवा,
पिपरा के लागे ऊ खपड़वा के घरवा ।।
अँगना ओसारी बिछे खटिया बिछवना,
किस्सा आ कहानी सुनें छेटेछोटे छवना,
भरि के हुँकारी हँसें दाबि के पँजरवा ।।
होत भिनसारे बोले कगवा कोयलिया,
सोहे अनसोहे फरगुद्दिया बवलिया,
चँहके किलहटिनिं पारि के कजरवा ।।
चले पुरवाई साजि बाजि के सिवनवाँ,
होखे गुलजार बागी खेत खरिहनवाँ,
फूले फूले घूमें लागे लबरा भँवरवा ।।
धीरे से हिलोरा मारे पोखरा के पनियाँ,
पँवरे बत्तखवा के संगें बत्तखिनियाँ,
कब्बो कब्बो ऊड़े मेड़राये कबुत्तरवा ।।
कहाँ ले भुलाई मन मटिया के बतिया,
भरि भरि आँखि बऊराई दिन रतिया,
काटे खाती धाई कटि नाईं दुपहरवा ।।
बड़ा यादि आवेला, गऊवाँ जवरवा,
पिपरा के लागे ऊ खपड़वा के घरवा ।।
@ सर्वाधिकार सुरक्षित-डाॅ.विजय प्रताप शाही,गोरखपुर